नजर से गिर जाला 👉🏿भोजपुरी
👉भोजपुरी👈
हर समय सुख के सुतार ना मिलेला.
सब केहू से दुःख में,
उबार ना मिलेला.
रही निक बोली-बचन त,
मील जाई सबकुछ,
मऊरइला से एगो सुई भी उधार ना मिलेला.
खाली जोड़ गाठ से नाही,
निबह पावेला रिश्ता,
जले मन से दोसरा मन के बिचार ना मिलेला.
ना चाही के भी पड़ जाला जरूरत तीसरईत के,
जब अपने घर में आपन आधार ना मिलेला.
कबो कबो लही जाला अन्हरा के लाठी,
बिना करम के भाग्य भी बरियार ना मिलेला.
भूखईला में खईला पर,
त, भर जाला पेटवा,
पर खखाइल जिभिया के तनको करार ना मिलेला.
"नूरैन" गिर के परबत-पहाड़ से बच जाला आदमी,
पर नज़र से गिरला पर पोखरा इनार ना मिलेला.....!!!!!!!
🍀🍀🍀🍀🍀🍀🍀
🌱कईसन लागल ह"🌱
#skg
👤👥



टिप्पणियाँ
एक टिप्पणी भेजें