महंगाई ले डूबल

🌷Good ☕morning☔ Firend's👏 🙏 #भोजपुरी 🌾 आ ई हो दादा अबकी बार, ले डूबल महंगाई....!! केतनो काटी पेट पर, बाचे ना एको पाई....!! ना जियले में जश बा, ना मुवले में भलाई.....!! छाती पीट पीट कहत बाड़ी, मंगरू के माई.....!! पता ना कवना पार्टी के भइल बाटे शासन....!! महंगा भइल दाल-सब्जी, कोटा में नइखे राशन....!! अइसन आग महंगाई के लागल बा सामान में....!! कि हिम्मत नइखे करत कबो, जाये के दुकान में....!! चारू ओर लूट खसोट के बाजत बाटे बाजा....!! लोग हड़प के गरीब के हो जात बा राजा....!! साधू के भेष में लोगवा बन गइल कसाई....!! छाती पीट पीट कहत बाड़ी मंगरू के माई....!! पईसा वृधा-पेंशन के रास्ता आपन भुलाइल....!! बीपीएल क सूची में हमार नाम नाही आइल....!! हर काम में पईसा चाही घूस के बाज़ार बा....!! बिना सोर्स के दउड़ल धूपल सब कुछ बेकार बा....!! मन के पीड़ा मन में लेके डहकत बाटे जिअरा....!! घर में आग लगावत बा जे रहत बाटे निअरा....!! बिना काम के लोगवा दिन भर करत बा कुचराई....!! छाती पीट पीट कहत बाड़ी मंगरू के माई....!! अगर आपके अच्छा लागल होई त शेयर जरू करेब देब हाथ जोड़कर बिनती बा👏 👂 #सुनिल_कुमार 👂

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट